यूपी आ बिहार वालन का खिलाफ कांग्रेसी सरकार
-

मध्य प्रदेश के नयका कांग्रेसी सरकार के मुख्यमंत्री कमलनाथ पद के किरिया लिहला का बाद पहिलके दिने खुलेआम कहलन कि बिहार आ यूपी के लोग आ के एहिजा के नौकरियन पर काबिज हो जात बा आ मध्य प्रदेश के लोग बेरोजगार रह जात बा. एहसे उनकर सरकार फैसला कइले बिया कि जवन उद्योग भा व्यवसाय कम से कम पचहत्तर फीसदी नौकरी मध्यप्रदेश वालन के ना दीहें उनुका सरकार से कवनो छूट आ प्रोत्साहन ना दीहल जाई.
कमल सरकार के एह फैसला से बिहार यूपी वालन का खिलाफ उनुका मन के जहर सामने आ गइल बा आ अब यूपी बिहार वालन के फेसला करे के पड़ी कि ऊ कांग्रेस के हाथ कतना मजबूत करीहें कि ऊ उनुकर गरदन दबा सको.
अचरज ना होखी अगर अब छतिसोगढ़ सरकार अइसने फैसला ले लेव काहे कि ओहिजो कांग्रेसे के सरकार बनल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts