राजा हिन्दुस्तानी बन के अइहन मनोज पाण्डेय
-

ManojPandey-RajaHindustani
भोजपुरी फिलिम ‘प्यार होके रही’ के अपार सफलता का बाद अब मनोज पाण्डेय के अगिला प्रेम कहानी वाली फिलिम होई ‘राजा हिन्दुस्तानी’. एह फिलिम के बनावे के घोषणा एडीआरएस एन्टरटेन्मेंट के प्रवीण कुमार कर चुकल बाड़े. प्रवीण कुमार के अनुसार उ मनोज आर पाण्डेय अउरी मोनालिसा के हिट जोड़ी वाली फिलिम ‘प्यार होके रही’ के सफलता के बाद ई निर्णय लिहले कि अपना अगिला फिलिम ‘राजा हिन्दुस्तानी’ओ में एही हिट जोड़ी के रखिहन.

मनोज आर पाण्डेय बतावत बाड़न कि सच्चा प्यार के सच्ची कहानी ‘राजा हिन्दुस्तानी’ हऽ. फिलिम में एगो जबरदस्त संवादो डालल गइल बा, ‘नफरत के बदला में…देनी प्यार के निशानी, बिहार के लईका हई हम…नाम हऽ राजा हिन्दुस्तानी’.

फिलिम के निर्माता प्रवीण कुमार, लेखक आ निर्देशक महमूद आलम, गीतकार जाहिद अख्तर आ संगीतकार राजेश गुप्ता हउवन.

मुख्य किरदारन में मनोज आर पाण्डेय अउरी मोनालिसा के जोड़ी बा. बाकी कलाकारन के चुने क काम चलत बा.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts