रालोद के उत्तर प्रदेश शाखा के कमान राजपूत नेता हरदेव सिंह के
-

चौधरी अजीत सिंह अगिला विधानसभा चुनाव के ध्यान में राखत उत्तर प्रदेश शाखा के कमान रिटायर्ड पीसीएस अधिकारी बाबा हरदेव सिंह के सँउप दिहले बाड़न. उनकर सोच बा कि एह से पार्टी के राजपूत वोट मिले के उम्मीद बढ़ जाई. ऊ राजनीति के अजगर के काबू करे खातिर “मजगर” के फार्मूला पर काम करत बाड़न. मजगर माने मुसलमान, जाट, गुज्जर, आ राजपूत. बाकिर चौधरी अजीत सिंह शायद बिहार के चुनाव परिणाम से कुछ नइखन सीखले जहाँ राजद के माई समीकरण ओकरा के कवनो आशीर्वाद ना दे सकल. लालू रामविलास के सपना का तरह अजीतो सिंह के सपना पूरा ना हो पाई अगर ऊ विकास के राजनीति ना कर के जाति के राजनीति करत नजर अइहें त.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts