राष्ट्रपति आईआईटी पटना के दीक्षांत समारोह मे भाग लेबे आवत बाड़े
-

पटना 25 अक्टूबर (वार्ता) राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी भारतीय प्रौद्योगिकी संस्थान पटना आईआईटी के दुसरका दीक्षांत समारोह मे शामिल होखे आवत बाड़े.

आधिकारिक सूत्र बतवले कि राष्ट्रपति आईआईटी के दूसरका दीक्षांत समारोह मे साल 2009 से.13 बैच के दू गो छात्रन के स्वर्ण पदक दीहें आ तीन गो के रजत पदक.

दीक्षांत समारोह राजधानी के रविन्द्र भवन मे होखी आ करीब सवा घंटा ले चली. एह कार्यक्रम का बाद राष्ट्रपति दिल्ली रवाना हो जइहें.

एह समारोह मे बिहार के राज्यपाल डी वाई पाटिल, मुख्यमंत्री नीतीश कुमार, आईआईटी पटना के अभिशासक मंडल के अध्यक्ष अजय चौधरी, संस्थान के निदेशक प्रो. अनिल के भौमिक सनेत अनेके खासमखास लोग उपस्थित रही.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts