रिंकू घोष फेरू एम आई राज के निर्देशन में
-

सिनेमा भोजपुरी के ड्रीम गर्ल रिंकू घोष एक हालि फेरू एम.आई. राज के निर्देशन में आपन जलवा देखइहे. फिलिम के नाम ह ‘इंसाफ के डंका’. एकर कहानी खुद खुद एम.आई. राज लिखले बाड़न आ निर्माता हउवन शांतनू पांचोली. एह फिलिम में रिंकू के नया लुक नजर आई.

आ जब लुक के बात उठल त जान लीं जे एम.आई. राज के निर्देशन में बनल ‘केहू हमसे जीत ना पाई’ में रिंकू घोष आपन परंपरागत छवि बदल दिहले रही आ एहमें एकदम गरम नजर आइल रही. ‘इंसाफ के डंका’ फिलिम महिला केन्द्रित होखे के बात कहल जात बा. एहमें रिंकू के नायक के होई अबहीं तय नइखे. मानल जात बा कि एकर स्क्रिप्ट पावरफुल रही.

जल्दिए रिंकू घोष के कईएक बेहतरीन फिलिम रिलीज होखे वाली बाड़ी सँ. जइसे कि तीनो सुपर स्टार वाली फिलिम ‘गंगा जमुना सरस्वती’, ‘निरहुआ’ संगे ‘रखवाला’, आ रवि किशन संगे ‘साली बड़ी सतावेली’ आ ‘कोठा’ खास बाड़ी सँ.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts