लागे न जियरा हमार के मुहुर्त भइल
-


पिछला दिने मुंबई में निर्माता नेहा सिंह आ पवन यादव रघुना गीता क्रिएशन का बैनर आ समीर खान बृजेश मौर्या के निर्देशन में बने जा रहल भोजपुरी फिल्म “लागे ना जियरा हमार” के संगीतमय मुहुर्त करावल गइल. कहानीकार अशोक श्यामल आ संगीतकार गणेश पाण्डे हउवन. एह फिल्म में अर्श से फर्श पर आ जाये वाली एगो होनहार युवती के कहानी बा जवना के गाँव के दबंग नक्सली बने पर मजबूर कर देत बाड़न. कंगन खनकावे वाला हाथ तब बंदूक थाम लेत बा. फिल्म के शूटिंग अगिला महीना से उत्तरप्रदेश के प्रतापगढ़ जिला में शुरु होखे जा रहल बा.


(स्रोत – समरजीत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts