लड़िकन खातिर आर्मी के सबले बढ़िया करियर बतवलन सेना प्रमुख वीके सिंह
-

उदयपुर के महाराणा मेवाड़ विद्या मंदिर के सालाना पुरस्कार वितरण समारोह में स्कूल के विद्यार्थियन के संबोधित करत भारत के थल सेना प्रमुख जनरल वीके सिंह लड़िकन के सेना में शामिल होखे के प्रेरणा दिहले. स्कूल प्रबंधन के बधाई देत सेना प्रमुख कहलन कि ‘मैनेजमेंट अपना स्कूल के विद्यार्थियन के समहर विकास खातिर जइसन शैक्षणिक कार्यक्रम बनवले बा वइसन माहौले मे तइयार लड़िकन खातिर सेना एगो शानदार कैरियर होखी.’

जनरल वीके सिंह कार्यक्रम के मुख्य अतिथि रहलन. कार्यक्रम के शुरूआत में माता सरस्वती आ विनायक गणेश के प्रतिमा पर माल्यार्पण करत घरी श्रीजी महाराज अरविन्द सिंह मेवाड़, महारानी साहिबा विजया राजकुमारी मेवाड़, महाराज कुमार लक्ष्यराज सिंह मेवाड़ आ स्कूल के प्रिंसिपल संजय दत्त मौजूद रहनीं.

स्कूल के विद्यार्थी सेना प्रमुख के स्वागत में गणेश वंदना प्रस्तुत कइले एकरा बाद इंस्ट्रूमेंटल संगीत, हम करें राष्ट्र आराधन गान. वगैरह अनेके देशभक्ति वाला कार्यक्रम पेश कइलन. आ सेना प्रमुख योग्य विद्यार्थियन के पुरस्कृत कइलें.

कार्यक्रम के समापन राष्ट्रगान क साथे भइल.


(स्रोत – एच.एस.कम्युनिकेशन)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts