विक्रांत सिंह के एगो नया रुप देखे के मिली फिल्म कर्तव्य में
-


बृजेश जे सिंह के श्रीमती चन्द्रावती प्रोडक्शन का बैनर में बनावल फिल्म “कर्तव्य” के पोस्ट प्रोडक्शन के काम आजुकाल्हु मुंबई में बहुते जोर शोर से चल रहल बा. सुपर हिट निर्देशक जगदीश शर्मा निर्देशित एह फिल्म में विक्रांत के एगो नया रुप दर्शकन के देखे मिले वाला बा. फिल्म में विक्रान्त का अलावे भोजपुरी सुपर स्टार पवन सिंह, मोनालिसा, मेघना पटेल, बृजेश त्रिपाठी, गोपाल राय, माया यादव, के के गोस्वामी, संजय वर्मा, रीतू पाण्डेय, दीपक भाटिया आ सीमा सिंह वगैरह कलाकार शामिल बाड़े. गीत विनय बिहारी आ श्याम देहाती के लिखल, संगीत मधुकर आनन्द के, कहानी नईम एजाज के, संवाद सुरेन्द्र मिश्रा के, कैमरा मुकेश मारू के, नृत्य रिक्की गुप्ता के आ एक्शन शकील शेख के बा.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts