शराब बेचे वाला दूध बेचे ला तइयार नइखन
-

बिहार में 1 अप्रेल से शराबबन्दी लागू होखे जात बा. एह चलते शराब बेचेवाला करीब 2000 दूकान बंद हो जइहें सँ. सरकार के कहना रहे कि हर दुकानदार के सुधा कंपनी के मिल्क पार्लर खोले के दे दीहल जाई. बाकिर एहला शराब दुकानदार राजी नइखन होखत आ महज 306 लोग तइयार भइल बा दूध के दुकान खोले ला.

शराबबन्दी कड़ाई से लागू करे के बात कहत सरकार कानून बना दिहले बिया कि जे खुला जगहा पर शराब बेचत भा पूयत पकड़ल जाई ओकरा पर एक लाख रुपिया ले जुरमाना आ 10 बरीस ले जेल भेजल जा सकेला.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts