शिवसेना के रूख में नरमी लउकल
-

महाराष्ट्र के कुछ निकाय चुनावन का बाद श‍िवसेना भाजपा का प्रति अपना रूख में नरमी देखावल अपना मुखपत्र सामना में कहले बावे कि चुनाव का दौरान बहुते कुछ कहल जाला जवना के चुनाव बाद भुला दीहल चाहीं.
एह चुनावन में भाजपा आ शिवसेना अलगा अलगा लड़ल रहली सँ तबहियों दुनू के मिला के देखल जाव त नाहियो त नब्बे फीसदी सफलता मिलल बा. भाजपा के ताकत पिछला बेर से अधिका भइल बा बाकिर ओकरा कवनो निगम में सत्ता नइखे मिल पावल.
कल्याण-डोंबिवली निगम चुनाव में शिवसेना के शानदार जीत मिलल बा त भाजपा दुसरका जगहा पर आइल. बाकी सेकूलर गोलन के किरिया खाए भर के सीट मिलल बा. शिवसेना इशारा दिहले बिया कि अब दुनू दल के मिल के काम करे के चाहीं जेहसे कि जनमत के सही सम्मान हो सको.
कोल्हापुर निगम चुनाव में बीजेपी आ तारारानी अघाड़ी के गठबन्हन के शानदार सफलता मिलल बाकिर बीड में भाजपा के बहुते खराब हार मिलल बा. बीड प्रमोद महाजन के इलाका रहल बा आ ओहिजा राकांपा के निकहा सफलता मिलल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts