श्रीनगर में तिरंगा फहरावल मना बा
-

जम्मू काश्मीर के मुख्यमंत्री उमर अब्दुल्ला साफ कर दिहले बाड़न कि २६ जनवरी का दिने श्रीनगर का लाल चौक पर तिरंगा ना फहरावे दिहल जाई. जबकि काश्मीर में चारो तरफ फहरे वाला पाकिस्तानी झण्डा से उनुका कबहियो दिक्कत ना होखे. अउर त अउर हमनी के प्रधानमंत्रियो उपदेश दिहले बाड़न कि एह दिन के राजनैतिक फायदा खातिर इस्तेमाल ना होखे के चाहीं आ काश्मीर के मुद्दा संवेदनशील बा ओहिजा तिरंगा फहरावे के जिद्द ना करे के चाही,

एह सब का बावजूद भाजपा के युवा शाखा अपना कार्यक्रम पर अड़ल बिया. युवा शाखा के राष्ट्रीय अध्यक्ष अनुराग ठाकुर कहले बाड़न कि हर हाल में ओह दिन तिरंगा फहरावल जाई. काश्मीर सरकार अपना बौखलाहट में काल्हु श्रीनगर में भाजपा के प्रेस कांफ्रेस ना होखे दिहलसि. आ भाजपा के प्रदेश उपाध्यक्ष सोफी मुहम्मद के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.

काल्हु राष्ट्रीय स्वाभिमान यात्रा हिमाचल के ऊना जिला में चहुँपल त ओहिजा ओकर भव्य स्वागत कइल गइल आ मुख्यमंत्री प्रेम कुमार धूमल समेत बहुते लोग स्वागत करे में शामिल रहल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts