सगरी रावणन के काट डालब
-


बालीवुड फिल्म “पथ” का सात साल बाद अभिनेता हैदर काजमी आ निर्देशक शिवराम यादव के जोड़ी भोजपुरी फिल्म “रंगबाज” में जुटल बा जवना में बिहार के माफिया अपराधियन के कहानी देखावल गइल बा. हालही में गुजरात का राजपिपला में एकर चल रहल शूटिंग देखे खातिर पत्रकारन के नेवतल गइल रहे. शूटिंग देख के सभे मानल कि फिल्म शानदार तरीका से बन रहल बा आ सफल होखल गारंटीड बा. ओह दिन एगो खण्डहर में बनावल अपराधियन के ठिकाना के सीन रहे. जवना में रानी चटर्जी एगो दुल्हिन का रुप में सेट पर रहली. सीन रहे कि विलेन जबरिया उनुका से शादी करे जा रहल बा तबले नायक ओहिजा चहुँपत बा आ भीषण लड़ाई का बाद अपना नायिका के ओहिजा से सुरक्षित निकाल ले जात बा. फिल्म के एगो डायलाग जवन दर्शकन का जुबान पर चढ़ जाई ऊ रहे, “अबहिन तक त कृष्णलीला भइल ह… रामायण महाभारत त बाकिये बा. एक बार सुदर्शन चक्र घुमाइब त बिहार के जतना रावण हउवे काट के रख देब.” करीब सवा सौ कलाकारन तकनीशियन का टीम का साथ शानदार तरीका से शूटिंग करावल जा रहल बा जइसे कि हिन्दी सिनेमा में होखल करेला.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts