सिनेमा भोजपुरी में पहिलका सिक्वल ‘‘प्रतिज्ञा 2’’ के शानदार लांचिग
-

सिनेमा भोजपुरी में पहिला बेर कवनो फिलिम के सिक्वेल बने जात बा आ एह सिक्वेल ‘‘प्रतिज्ञा 2’’ के शानदार लांचिग पिछला दिने मुंबई के टाईम एण्ड अगेन में कइल गइल. साल 2009 के ब्लॉकबास्टर फिलिम ‘‘प्रतिज्ञा’’ के सिक्वल ‘‘प्रतिज्ञा 2’’ के निर्माण जय माँ आसकामिनी फिल्मस् के बैनर तले निर्माता अनिल सम्राट के चचेरा भाई कांग्रेस नेता संजय यादव करत बाड़ें. निर्देशन के कमान फेरू सुशील कुमार उपाध्याए सम्हरीहें.

फिल्म में सुपरस्टार पवन सिंह, खेसारीलाल यादव आ अनिल सम्राट के प्रमुख भूमिका होखी. अभिनेता उपेन्द्र चौधरी आ विष्णु शंकर बेलू फिल्म में निगेटिव किरदार में रहीहें. मुहूर्त बिहार सरकार के पूर्व मंत्री ददन पहलवान नारियल फोड़ के कइलन. फिल्म के गीतकार-संगीतकार विनय बिहारी, लेखक संजय रॉय, छायांकन आर. आर. प्रिंस, आ प्रोजेक्ट डिजाइनर अनंजय रघुराज हउवें.

‘‘प्रतिज्ञा 2’’ के लांचिग पर महानायक कुणाल सिंह, निर्देशक असलम शेख, राजकुमार आर. पाण्डेय, हैरी फर्नाडिस, जगदीश शर्मा, के. डी., देव पाण्डेय, अनिल उपाध्याय, संतोष मिश्रा, मंजूल ठाकुर, अशोक त्रिपाठी ‘अत्रि’, विष्णु शंकर बेलू, सुजीत पुरी, निर्माता सुजीत तिवारी, अनिल कुशवाहा, शंभू पाण्डेय, नीरज डी. गुप्ता, रवि शर्मा, जे. नीलम, अभिनेत्री संभावना सेठ, मोनालिसा, रिंकू घोष, शुभी शर्मा, काजल राघानी, संगीता तिवारी, श्यामली श्रीवास्तव, काव्या, सुप्रेरणा सिंह, परी सिंघानिया, पुष्पा वर्मा, प्रिया शर्मा, अनुपमा, आफरीन, अपूर्वा, श्रीकंकानी, अभिनेता सुशील सिंह, विक्रांत सिंह, प्रकाश जैश, अवधेश मिश्रा, मनोज टाईगर, संजय पाण्डेय, ब्रजेश त्रिपाठी, गोपाल राय, रत्नेश वरनवाल, के. के. गोस्वामी, मटरू, मनोज द्विवेदी, विनोद मिश्रा, नरसू, प्रचारक प्रशांत निशांत, गीतकार प्यारेलाल यादव, संगीतकार मधुकर आनंद, विशाल जयसवाल, (उपाध्यक्ष, बीजेपी सिने युनियन) समेत अनेके गणमान्य लोग मौजूद रहल.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts