हम सब भ्रष्टाचारी हो गये हैं
-

केन्द्रीय दूर संचार मंत्री कपिल सिब्बल कहत बाड़न कि दूर संचार नीति में बदलाव राजग शासन में भइल रहे जवना से देश के १.४३ लाख करोड़ के नुकसान भइल रहे. बाकिर ऊ एकर जाँच करवावल नइखन चाहत. कहलन कि ई बतवला का पाछा उनकर मकसद बस इहे बा कि भ्रष्टाचार अब समाज से जुड़ल मुद्दा बन गइल बा आ केहू एहसे बाचल नइखे. भाजपा सिब्बल के आरोप के वाहियात बतवले बिया आ कहले बिया कि मंत्री अइसन बातन के बचाव करत बाड़न जवना के कवनो बचाव ना हो सके.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts