हुंकार रैली खातिर गांधी मैदान नइखे देत पटना जिला प्रशासन
-

भाजपा के हुंकार रैली खातिर पटना के एतिहासिक गाँधी मैदान देबे से पटना जिला प्रशासन हीलाहवाली करत बा.. एकरा के नीतीश कुमार के हिटलरी आदेश बतावत भाजपा कड़ा नाराजगी जतवले बिया.

भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष आ विधान पार्षद मंगल पांडेय काल्हु पटना में बतवलें कि 27 अक्टूबर के होखे वाला हुंकार रैली खातिर छह महीना पहिलही पटना जिला प्रशासन के चिट्ठी भेजल रहे. ओकरा बाद चार महीना बाद आ फेर डेढ़ महीना बादो चिट्ठी लिख के एह आवंटन खातिर रुपिया जमा करावे के अनुमति मंगाइल रहुवे. बाकिर एह चिट्ठी के अबही ले कवनो जवाब जिला प्रशासन नइखे दिहले. बाकिर रैली खातिर पूरा गांधी मैदान देबे से जिला प्रशासन मना कर दिहले बावे.

मंगल पांडेय बतवलें कि जब भाजपा सरकार में रहुवे तब पूरा गांधी मैदान देबे के बात होत रहे. बाकिर सोमार का दिने जिला प्रशासन चिट्ठी भेज के बतवले बावे कि पूरा मैदान ना दिहल जा सके. पांडेय के कहना बा कि ई मुख्यमंत्री का कहले पर भइल बा. नीतीश कुमार नरेन्द्र मोदी से चिढ़ल बाड़ें आ एहीसे हुंकार रैली के फेल करावे में लागल बाड़ें. नीतीश अपना विरोधी दल के आवाज दबावल चाहत बाड़ें जवना के कतई बर्दाश्त ना कइल जाई. पार्टी हर लेवल पर एकर विरोध करी.

मंगल पांडेय इहो दावा कइलन कि 27 अक्तूबर के हुंकार रैली पटना के ऐतिहासिक गांधीए मैदान मे होखी आ एहमें पांच लाख से अधिका लोग शामिल होखीहें. (वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts