हैदर काजमी के शूटिंग घरी मधुमक्खियन के हमला से भगदड़ मचल
-

सिनेमा भोजपुरी के रंगबाज अभिनेता हैदर काजमी आ खूबसूरत बाला अक्षरा सिंह समेत फिल्म के पूरा यूनिट पर पिछला दिने इलाहाबाद में शूटिंग का दौरान मधुमक्खियन के हमला हो गइल. नमन इंटरप्राइजेज के बैनर तले बनत भोजपुरी फिल्म ‘बिगुल’ के शूटिंग कई दिन से इलाहाबाद में होखत रहुवे. शनिचर का दिने एगो मंदिर में शादी के सीन के शूटिंग होखत रहे. हीरोइन अक्षरा सिंह दुलहिन बनल रही आ हीरो हैदर काजमी दूलहा. दुपहरिया करीब एक बजे डायरेक्टर रविकांत शॉट ओके कइलन. कैमरामैन तेज लाइट जरा के यूनिट के इशारा कइलन तले ओह लाइट से भनभनाइल मधुमक्खी पूरा यूनिट पर हमला बोल दिहली सँ. अफरातफरी में लोग एने-ओने भाग पराइल. हैदर काजमी समेत मनोज, दीपक, जीतू आ दू गो अउरी लोग बगल के नदी में कूद गइल. मनोज दीपक आ जीतू के पँवड़े ना आवत रहे से ऊ लोग डूबे लागल बाकिर बगल में बालू निकालत नाविक दउड़त अइले आ ओह लोग के जान बचल.

शादी के ई सीन ओही मंदिर में फिल्मावल जात रहुवे जहाँ हिन्दी फिल्म ‘ओमकारा’ के शूटिंग भइल रहे.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts