२०१० भाग्यशाली रहल रविकिशन खातिर
-


बीतल साल २०१० भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रविकिशन खातिर भाग्यशाली रहल. भोजपुरी आ हिन्दी सिनेमा का साथे साथ रविकिशन टीवी पर आ विज्ञापनो फिल्मन में छवले रहलें. एह साल रविकिशन के सफल फिल्मन के एगो लनहर कतार बनल रहल जवना में से “देवरा बड़ा सतावेला” त अपना लागत से कई गुना बेसी बटोर ले आइल बाक्स आफिस से. “लहरिया लूट ए राजा जी, जरा देब दुनिया तोहरा प्यार में, बलिदान”, आ हालही में रिलीज फिल्म “मार देब गोली केहू ना बोली” के कामयाबीओ देखे सुने लायक रहल. उपर से एह साल रविकिशन के चार गो हिन्दीओ फिल्म एह साल रिलीज भइल. चारो में उनका अभिनय के तारीफ भइल. एकरा अलावे टीवी चैनल पर चमकते रहलन रविकिशन सालो भर. कहल जा सकेला कि पिछला साल रविकिशन खातिर बहुते भाग्यशाली रहल.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts