सितारो लोग फैन बन गइल बा रिंकू घोष के डांस के

भोजपुरी सिनेमा के स्मिता पाटिल आ रेखा कहाये वाली नायिका रिंकू घोष अपना डांस ब्लास्ट से छोटका परदा के रियलटी शो ‘नाच नचईया धूम मचईया’ में दर्शकने के ना बलुक जजों लोग के दिल खूबे जीतत बाड़ी. एह शो रिंकू कबो पश्चिमी डांस करत बाड़ी त कबो पुरान पारम्परिक गीतन पर लोग के लुभा लेत बाड़ी. एह शो में आवे वाला हर जज के रिंकू आपन फैन बना लिहले बाड़ी. भोजपुरी के महानायक कुणाल सिंह त कहेले कि एह शौ के जान हई रिंकू घोष.

वइसे बतावल चाहत बानी कि मौजूदा दौर के भोजपुरी नायिका में से सिर्फ आ सिर्फ रिंकू घोषे एगो नायिका हई जे हिंदी फिल्म कइली, छोटका परदा पर दू गो सफल धारावाहिक कइली आ भोजपुरी सिनेमा में उनुका टक्कर के कवनो दोसर नायिका नइखे. ‘बिदाई’ जइसन यादगार भूमिका आजुवो सिर्फ आ सिर्फ रिंकू घोष का खाते बा. रिंकू जवना तरह ‘सौगन्ध’ फिल्म में सेंथाली के भूमिका कइली वइसनका भूमिका अबही ले दोसर नायिका नइखी कइले. रिंकू घोष मनोज तिवारी, रवि किशन, दिनेश लाल यादव ‘निहुआ’, पवन सिंह, विनय आनंद सबका साथ सफल फिल्म दे चुकल बाड़ी.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।