के.के.गोस्वामी लिहले "गंगा की सौगंध"
-

के.के.गोस्वामी एह घरी बहुते बिजी बाड़े. हालही में फिल्म “काहें कईला हमसे घात” में धमाकेदार एक्टिंग का बाद के.के. निकल पड़ले बनारस का ओर आ उहो “गंगा की सौगंध” लेबे.

के.के. गोस्वामी आजुकाल्हु बनारस में फिल्म “गंगा की सौगंध” का शूटिंग में व्यस्त बाड़े. एह फिल्म में एक बेर फेर एह छोटे उस्ताद के अजीबो-गरीब कारनामा से रउरा सभे रु-ब-रु होखब. वइसे ई छोटे मियां जब अपना दर्शकन के हँसावे पर उतारू हो जालें तब इनकर मुकाबला केहू ना कर सके. के॰के॰ के जल्दिये आवे वाली फिल्म हवे निर्देशक संगीत कुमार के “काहे कईला हमसे घात”. एह फिल्म में के.के.गोस्वामी हउवें त छोटके पैकेट, बाकिर एगो आइटम गर्ल बनिके जवन डाँस कइले बाड़न ओकर बड़का जलवा होखी. अब देखे के बा कि “गंगा की सौगंध” ले के के.के. गोस्वामी अउरी कतना धमाका करे वाला बाड़े.
स्पेस क्रिएटीव मीडिया के रपट

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts