प्रिया शर्मा मचावे वाली बाड़ी धमाल ‘दिल त पागल होला’ में

आजुकाल्हु भोजपुरी सिनेमा के यूएसपी बन गइल बा आइटम डांस. फिलिम बनावे वाला फिल्मकार मान लिहले बाड़े कि अगर उनुका फिलिम में एगो गरमागरम आइटम सांगो डाल दिहल जाव त फिल्म चले भा ना, दाम त वसूलाइये जाई. फिल्म “दिल तऽ पागल होला” में शायद इहे सोचि के अभिनेत्री प्रिया शर्मा पर एगो गरमागरम उत्तेजक भड़काऊ आइटम डांस फिल्मावल गइल बा. जेहसे देखनिहारन पर बिप्स मैनरिज्म छा जाव.

“दिल त पागल होला” से जुडल लोगन के कहना बा कि हॉट प्रिया शर्मा के फिल्म में बहुते ग्लेमरस आ सेक्सी तरीका से परोसल गइल बा. फिल्म देखला का बाद दर्शक प्रिया शर्मा पर सीटी मारत नजर अइहे सिनेमाघरन में जब ई फिलिम रिलीज कइल जाई. लोग प्रिया शर्मा के जरत देखिके भँउचक हो जाई. एह गाना में प्रिया एगो डांस बार में डांस करत नजर अइहे. प्रिया के डांस में हेलन झलकल बाड़ी काहे कि कुछ मूव हेलन के डांस स्टाईल जइसने बा. एह गीत के गुजरात के राजपीपला शहर के राजवंत पैलेस में फिल्मावल गइल बा.

निर्माता आर. एन. चौधरी के एह फिल्म के निर्देशन फहीम ए. खान कइले बाड़न जे पर साल रानी चटर्जी के लेके ‘फूल बनल अंगार’ जइसन हिट भोजपुरी फिल्म दिहले रहले. फिल्म में प्रिया शर्मा नायिका आ विराज भटट नायक बाड़े. खलनायक संजय पाण्डेय आ दीपक भाटिया एक्शन के जबरदस्त तड़का मरले बाड़े. ई फिल्म पूरा तरह से एक्शन आ रोमांस पर आधारित बा. फिल्म के आठो गाना बहुते बढ़िया बनल बा जवनन के सुननिहार खूबे पसन्द करीहें.
,hr />(संजय भूषण पटियाला के रपट)

0 Comments