"झाँसी की रानी लक्ष्मी बाई" के संगीत जारी भइल

ऐतिहासिक कहानी पर बनल फिल्म “झाँसी की रानी लक्ष्मी बाई” के संगीत पिछला दिने मुंबई के रिक्रिएशन क्लब में इवा म्यूजिक कम्पनी जारी कइलसि. एह शुभ अवसर पर फिल्म जगत के अनेके मशहूर हस्ती मौजूद रहले जवना में खास रहले एकर निर्माता-निर्देशक राजेश मित्तल, बलराज बिज़, रूद्र कौशिक, अनिल नागरथ, एस. कुमार वगैरह. फिल्म पूरा हिंदुस्तान में एक साथ 16 मार्च के रिलीज होखे वाली बा.
.
बकौल लेखक, निर्माता- निर्देशक- राजेश मित्तल “झाँसी की रानी लक्ष्मी बाई” ऐतिहासिक फिल्म होखला का नते दर्शकन के मनोरंजन कइला का साथ ही सन्देशो दीही. एह फिल्म में अबही ले ना उजागर हो सकल कुछ जानकारियो दहल गइल बा जवना हमरा पाँच साल के मेहनत आ शोध के नतीजा हवे. एह फिल्म से नवहियन के संदेश दिहल गइल बा कि ई आज़ादी अतना सस्ता ना ह जतना सस्ता में एह आजादी के धज्जी उड़ावल जात बा. उम्मीद जतवलन कि दर्शक एकरा के जरूर आपन प्यार आ आशीर्वाद दीहें.

फिल्म के मुख्य कलाकार में शामिल बाड़े वन्दना सेन कशिश, मिलिंद गुणाजी, श्वेता मेनन, भारत कपूर, सुरेन्द्र पाल, राकेश सागर,कविता सिंह, ऋशभ राज,रानी शेट्टी, अनिल नागरथ, अनिल धवन, मास्टर ऐश्वर्या, पप्पू पोलिस्टर, ब्रावनी पराशर, राकेश पाण्डेय, ज़ान स्मिथ (लन्दन), पीटर (लन्दन), रवि पटवर्धन, किरण कुमार आ मोहन जोशी. निर्माता चन्द्रहास कुच्या, संगीत- अमरेश शाहाबदी, गीत- जितेश शाहाबदी, मारधाड़- मुख़्तार खान अउर जानी मास्टर के बा.

फिल्म का बारे में बतियावत राजेश मित्तल कहलन कि रानी झाँसी देशवासियन खातिर प्रेरणा के स्रोत हई आ एह फिल्म से उनुकर प्रेरणा देशवासियन ले चहुँपावे के कोशिश कइले बाड़न ऊ.


(अपना न्यूज के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *