"तिलक तराजू और तलवार" लेके आवत बाड़न धर्मेश मिश्रा
-

‘माटी के सौगंध’ से आपन अभिनय यात्रा शुरू करे वाला आ पिछला साल शाद कुमार निर्देशित सुपर हिट फ़िल्म ‘त्रिनेत्र’ से सुर्ख़ियन में आइल धर्मेश मिश्रा अब व्यस्त नायकन का कतार में शामिल हो गइल बाड़े . उनुकर कुछ फिलिम जवन जल्दिए रिलीज होखे वाली बाड़ी सँ ‘रुपिया के बोबला’, ‘हम मस्ताने’ वगैरह.

गौरतलब बा कि एगो प्रा॰ लि॰ कम्पनी के एमडी धर्मेश मिश्रा भोजपुरिया माटी में पलल-बढ़ल होखला का चलते अपना भोजपुरिया प्रेम के डोर में बन्हाइल कंपनी के काम का साथे साथ आपन अभिनयो यात्रा जारी रखले बाड़न. हालही में धर्मेश मिश्रा दिव्या इंटर प्राईजेज के भोजपुरी फ़िल्म “तिलक तराजू और तलवार” साइन कइले बाड़न. एह फिल्म के निर्देशक मनोज नाथवानी, गीतकार राजेश मिश्रा आ अशोक सिन्हा अउर संगीतकार पंकज भट्ट हउवें. फिल्म के कलाकारन में धर्मेश मिश्रा, गौरव झा, राम मिश्रा, नेहा श्री, रीमा सिंह, बालेश्वर सिंह,सी० पी० भट्ट, बिपिन सिंह अउर बृजेश त्रिपाठी के खास नाम बा.

फिल्म के शूटिंग जल्दिए जौनपुर, उत्तर प्रदेश के अनेके खूबसूरत लोकेशन पर कइल जाए वाला बा.


(अपना न्यूज के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts