अगिला पंचायती चुनाव दलीय आधार पर ना करावल जाई

नीतीश कुमार कहले कि उनकर त मन रहुवे कि दलीय आधार पर चुनाव करावल जाव बाकिर एकर तइयारी करे के समय नइखे बाचल. एहसे अगिला पंचायत चुनाव बिना दल के नाम लिहले करावल जाई. हँ ओकरा बाद वाला चुनाव के दलीय आधार पर करावे खातिर सभकरा से बातचीत होखी आ कोशिश रही कि सभकर राय होखे त ओइसन करावल जाव. नया साल के कैलेण्डर जारी करत मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहलन कि कास्ट, क्राइम, करप्शन का खिलाफ अउरी मजगर लड़ाई होखी आ तीनो के बिहार से बिदाई करा देबे के पूरा प्रयास रही.

0 Comments

Submit a Comment