अपना खलनायकी से दर्शकन के दिल जीते के भरोसा बा बिपिन सिंह के

अनेके सफल भोजपुरी फिलिमन में अपना खल भूमिका से चर्चित अभिनेता विपीन सिंह अब पूरा तरह से खलनायिकीए करे ला समर्पित हो गइल बाड़ें. बिपिन सिहं के आवे वाली फिलिमन में कालिया, भाई जी, विजय तिलक, मेहरारू बिना रतिया कइसे कटी, लागल बा प्यार के बुखार वगैरह फिलिम शामिल बाड़ी सँ. कालिया में इंस्पेक्टर माधव पाण्डेय, आ भाईजी में शूटर पुजारी के जोरदार भूमिका कइले बाड़ें बिपिन सिहं.

पर साल के चर्चित हिट फिलिम “फूल बनल अंगार” से खलनायिकी में चमकल बिपिन सिंह आजु भोजपुरी के सगरी निर्माता-निर्देशकन साथे काम करत बाड़ें. बिपिन के कहना बा कि ऊ अपना खलनायिकीए से दर्शकन के दिल पर राज करीहें.


(भोजवुड न्यूज के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *