अपना प्यार खातिर दुनिया जला देबे के तइयार रवि

भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार सुपरस्टार रविकिशन के रोमांस के चर्चा आजुकाल्हु पूरा भोजपुरी सिनेमा जगत में चल रहल बा. रवि के दीवानगी के आलम ई बा कि ऊ अपना महबूबा के पावे खातिर दुनिया से टकराये के तइयार बाड़न आ कहत बाड़े कि जला देब दुनिया तोहरा प्यार में. अब रउरा सोचत होखब कि ऊ लड़की कवन हियऽ त बतावत चलीं कि ऊ लड़की हियऽ भोजपुरी सिनेमा के नयका सनसनी शिखा, जे रवि के अपना प्यार में अतना बान्ह लिहले बाड़ी कि ऊ जाल में फँसल मछली का तरह तड़फड़ात बाड़न. शिखो के हालत उहे बा. उहो अपना प्यार में पागल बिया बाकिर एह दुनु का बीच में एगो अइसन खलनायक बा जे दुनु के मिले नइखे देत. काहे कि उहो शिखा के ओतने शिद्दत से चाहेला. ओह खलनायक के नाम ह भोजपुरी सिनेमा के बैड मैन कहाये वाला अवधेश मिश्रा.

Ravi Kishan and Shikha

अब त रउरो समुझ गइल होखब कि मामिला फिल्मी हऽ. जी बात हो रहल बा अमेरिकी कंपनी पन फिल्म्स के पहिलका भोजपुरी फिल्म जला देब दुनिया तोहरा प्यार में के. पन फिल्म्स बहुचर्चित हालीवुड फिल्म फोर्चुन टेलर सहित सात गो अंगरेजी फिल्म बना चुकल बा. एह भोजपुरी फिल्म के निर्देशन धीरज सिंह कर रहल बाड़े जे रामगोपाल वर्मा समेत कई गो दिग्गजन का साथ काम कर चुकल बाड़े. रेड वन कैमरा से शूट भइल एह पहिलका भोजपुरी फिल्म के निर्माता पवन कुमार शर्मा हउवें. फार्चुन टेलर के निर्देशिका तेजस्वी कदम एहू फिल्म के तकनीकि मजबूती देबे खातिर एकर सहनिर्देशक बनल बाड़ी.

फिल्म के दोसर कलाकारन में बृजेश त्रिपाठी, कोमल ढिल्लन,फूल सिंह, सीमा सिंह, नीलिमा सिंह, विनोद मिश्रा, शमीम खान, सीपी भट्ट वगैरह के नाम बा. संगीत राजेश रजनीश के, गीत विनय बिहारी के आ संवाद सुरेन्द्र मिश्रा के बा.


स्रोत : उदय भगत

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।