अमर सिंह आ संजीव सक्सेना के कड़ी जुड़ गइल
-

वोट का बदले नोट का मामिला में दिल्ली पुलिस के अमर सिंह बतवले रहले कि साल २००८ में संजीव सक्सेना उनुकर मुलाजिम ना रहे आ ओकरा से उनुकर कवनो संबंध ना रहे. एह से संजीव सक्सेना के काम के जिम्मेदारी उनुका पर नइखे. पुलिस के सुबूत मिलल बा कि संजीव सक्सेना के बेटा समर्थ के नाम लिखवावे खातिर अमर सिंह दयाल सिंह कॉलेज के प्रिन्सिपल का नामे अपना लेटरहेड पर एगो व्यक्तिगत चिट्ठी लिख के पैरवी कइले रहले आ समर्थ के आवेदन में पता के जगह पर अमर सिंह के सरकारी आवास के पता आ फोन नम्बर दिहल रहे.

एह सुबूत का बाद अब अमर सिंह संजीव सक्सेना से कवनो संबंध होखे का बात से मुकर ना सकसु. दिल्ली पुलिस तीन अगस्त के सुप्रीम कोर्ट में हलफनामा दे के एह मामिला में का प्रगति भइल बा से बताई.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts