आजु के खास खबर, शुक 26 अगस्त का दिने
-
  • लोकपाल आंदोलन : शनिचर के होई चरचा, अनशन प्रस्ताव पारित भइला का बादे टूटी.
  • अन्ना हजारे से मिले रामलीला मैदान चहुँपली बांग्लादेश के निर्वासित लेखिका तसलीमा नसरीन.
  • पूर्व प्रधानमंत्री राजीव गांधी के हत्या का आरोप में तीन लोग के तमिलनाडु के वेल्लूर जेल में नौ सितम्बर के फांसी दिहल जाई. संसद पर हमला करे वाला आतंकी अफजल गुरु पर अबही ले कवनो फैसला राष्ट्रपति नइखी कइले.
  • राहुल गाँधी का घर पर प्रदर्शन करे गइल पचास लोग के गिरफ्तार कइल गइल. ओहसे पहिले राहुल गाँधी प्रदर्शनकारियन ला समोसा भेजववले.
  • मुख्यमत्री मायावती अन्ना हजारे टीम के चुनौती दिहली कि ऊ लोग चुनाव लड़ के आवे आ आपन नियम बनवावे. कहली कि आन्दोलन कइला के कवनो जरूरत नइखे.
  • सरकार नियम १९३ का तहत चरचा करावल चाहत बिया. भाजपा नियम १८४ का तहत बहस करावे के मांग कइलसि. १९३ मे वोट ना करावल जाला जबकि नयम १८४ में वोटिंग के व्यवस्था बा.
  • लोकपाल मुद्दा पर राहुल गाँधी फच्चर फँसवले.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts