आपन बात
बहुत कोशिश कइला का बादो पुरनका साइट पर नया सिस्टम लगावे में परेशानी आवत रहल ह, एहसे हम अंजोरिया के नया संस्करण नया नाम से नया जगहा शुरु कर रहल बानी. बदलल कुछ नइखे सिवाय एकरा सिस्टम के.
बहुत पहिले पढ़ले सुनले रहनी कि करत करत अभ्यास से जड़मति होत सुजान, रसरी आवत जात ते सिल पर पड़त निशान. ओहि लाइन के धर के लागल बानी. जानकारी त नइखे कि वेबसाइट कइसे बनावल जाव बाकिर ट्रायल एण्ड एरर मेथड हमेशा कामे आवेला आ जोगाड़ टेक्नालाजी से हमनी के लोहा त पूरा दुनिया माने ले.
चलीं आजु एही पोस्ट से शुरु कइल जाव. धीरे धीरे नया नया लेख, आलेख जोड़ात रही आ अंजोरिया के रोशनी बढ़त रही.
साथही साथ इहो बता दिहल चाहत बानी कि पुरनका अँजोरिया बन्द नइखे भइल, बस शीत निद्रा में डाल दिहल गइल बा. एह  लाइन के लिखे से पहिले तक के सगरी सामग्री ओह पुरनका साइट पर मौजूद बा आ रही. अँजोरिया बन्द ना होखी, चलत रही.
निहोरा बा कि हमरा एह प्रयास के ओहि तरह स्वागत करी जाँ आ आपन नेह छोह बनवले रहीं जा.
राउर,
उहे
ओम अँजोरिया वाला

4 Comments

  1. डॉ. रामरक्षा मिश्र विमल

    बढ़िया | हमार शुभकामना |

  2. अमृतांशु

    बहुत -बहुत बधाई। ……

  3. डॉ. रामरक्षा मिश्र विमल

    धन्यवाद भाई | हमार ई कविता पसंद आइल, एह उद्गार में रउरा हृदय के कोमलता के दर्शन होता; बाकी गीत के प्रशंसो मिल गइल, ई हमार सौभाग्य बा |
    विमल

  4. Rahul Yadav RAJA BABU

    hi Singh shahab