आम भोजपुरी फिलमन से हटके बनल ‘भाई जी’

ए स्क्वायर प्रोडक्शन के बैनर तले बनत भोजपुरी फिल्म ‘भाई जी’ पूरा तरह से पारिवारिक एक्शन फिल्म हवे, एह में नायक विराज भट्ट के जबरजस्त एक्शन सीन देखे के मिली. अइसन बेहतरीन काम विराज कवनो भोजपुरी भा नेपाली फिलिम में अबही ले नइखन कइले.

निर्माता-निर्देशक विशाल तिवारी के एह फिल्म में विराज भट्ट का अलावा तनुश्री चटर्जी, शिखा, दीपक भाटिया, बृजेश त्रिपाठी, गोपाल राय, बिपिन सिंह, अभिलाषा, पायल सेठ, विजय तिवारी आ आइटम गर्ल सीमा सिंह अउर पुर्नीला राय चौधरी हई. लेखक मनोज के. कुशवाहा, गीत-संगीत श्याम देहाती, नृत्य कानू मुखर्जी अउर संजय के.के., एक्शन हीरा यादव, कला अवधेश राय, कैमरामैन देवेन्द्र तिवारी, संकलन मंसूर आजमी आ सह-निर्देशक धनंजय तिवारी.

जँहालें फिल्म के कहानी के बात बा त फिल्म के मथैला ‘भाई जी’ बहुते कुछ बता देत बा. हमनी का प्यार से अपना बड़ भाईओ के भाई जी कहीले आ डर से माफिया के बाहूबलियनो के. पहिले एह फिल्म के टाइटिल ‘क ख ग’ रहुवे जवना के बदल के अब ‘भाई जी’ कर दिहल गइल बा.


(समरजीत के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।