विजय वर्मा आ रानी चटर्जी के इश्क "धड़केला तोहरा नामे करेजवा " मे
-

सिनेमा भोजपुरी के एगो परम्पराबन गइल बा कि गायक से अभिनेता बनल सितारन के लोग बहुते सफल बना देला. हालांकि गायक नाहियो रहल बहुते स्टार बाड़न जइसे कि सुपरस्टार रवि किशन, मनोज पांडे, धीरज पंडित, विक्रांत सिंह, मनोज द्विवेदी वगैरह. अब एगो अउरी गायक अभिनय का मैदान में उतरल बाड़े आ ऊ हउवन विजय वर्मा जिनकर नाम आजु काल्हु लोग का जुबान पर चढ़े लागल बा.

उत्तर प्रदेश के रहेवाला विजय वर्मा अपना फिल्मी पारी के शुरूआत कइलन दिनेश यादव निर्देशित आ आदिशक्ति एंटरटेनमेंट बॅनर के तहत बनत फिल्म “धड़के ला तोहरा नामे करेजवा ” से. एह पहिलके फिलिम में उनुका अभिनेत्री रानी चटर्जी का साथे नैन मटक्का करे आ इश्क करे के मौका मिल गइल.

एह फिल्म मे कलुवा नाम से मशहूर अरविंद अकेला पहिला बेर एगो दमदार रोल मे विजय वर्मा का साथे लउकीहें. ख़ूँख़ार खलनायक संजय पांडे के भूमिको अहम बा एहमें. बाकी कलाकारन में नीरज राज पॉडेल, उमेश सिंह, गोपाल राय, अयाज़ ख़ान, आनंद मोहन, रत्नेश बरनवाल आ आईटम क्वीन सीमा सिंह बाड़ी.


( अपना न्यूज के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts