होली के रंग रवि- रानी के संग
-

सिनेमा भोजपुरी खातिर एह साल के होली भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन आ रानी चटर्जी का नामे रही काहे कि एह होली पर रिलीज होखत तीन गो फिलिमन में शामिल बाड़े या त रविकिशन ना त रानी चटर्जी.

पहिला फिल्म माँ विन्ध्वासिनी विजन प्रस्तुत निर्मात्री नेहा तिवारी आ लेखक निर्देशक संतोष मिश्रा के हऽ, “कईसन पियवा क चरित्तर बा”. एह फिलिम में रवि किशन आ रानी चटर्जी के जबरदस्त रोमांस बा. साथ में बाड़े मनोज पाण्डे, अंजना सिंह, शक्ति सिन्हा आ संजय पाण्डेय. एह फिलिम का बारे में कहात बा कि रवि रानी के जोड़ी के दर्शक देवरा बड़ा सतावेला फिलिमो से अधिका पसन्द करीहें. भोजपुरिया ट्रेड में हॉट केक बनल एह फिलिम के मुंबई आ बिहार में एक साथ रिलीज कइल जात बा.

दोसरकी फिलिम हवे “प्राण जाए पर वचन ना जाए”. के.डी. निर्देशित एह फिल्म में रवि किशन एगो मुस्लिम बाहुबली नवाब का भूमिका में बाड़न, एहमें उनुका अलावे राजीव दिनकर आ अक्षरा सिंह मुख्य भूमिका में बा लोग. एह फिलिम के एगो गाना “साढ़े तीन बजे मुन्नी जरूर आना” पहिलही से धूम मचा के रखले बा.

तिसरकी फिलिम रही बिहार के प्रसिद्ध वितरक, विधायक आ निर्माता डॉ. सुनील के फिल्म “दुर्गा”. एहु फिलिम के पूरा देश में एकेसाथ रिलीज कइल जात बा. एहमें रानी चटर्जी केंद्रीय भूमिका में बाड़ी. साथ में बाड़न विराज भट्ट आ अवधेश मिश्रा.

कुल मिला के कहल जा सकेला कि अबकी के होरी के रंग रविकिशन आ रानी चटर्जी के अभिनय का साथे होखी.


(उदय भगत के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts