मनोज तिवारी के जादू मुंबई में फेरू चलल
-

सिनेमा भोजपुरी के मेगा स्टार मनोज तिवारी के जादू मुंबई में एक बेर फेरू चलल बा, उनुकर फिलिम ‘अपने बेगाने’ मुंबई में सफलता के नया रेकार्ड बनवले बा. हर जगहा भारी भीड़ जुटत बा टिकट खिड़की पर आ दर्शकन के जबरदस्त रिस्पांस मिलत बा एह फिलिम कें.

जबरदस्त एक्शन से भरल आ पारिवारिक पृष्ठभूमि वाला कहानी पर बनल एह मनोरंजक फिल्म में मनोज तिवारी के एगो नया अवतार देखे मिलत बा. उनुका साथ एह फिलिम में बाड़े विक्रांत, मोनालिसा, कल्पना शाह, रीना रानी, सीमा सिंह, अयाज खान, गोपाल राय, देव मल्होत्रा, अली खान, हीरा यादव, रामेश्वर शर्मा, रीना सिंह आ केजल जइसन मजल कलाकार. बहुते भव्य आ बड़हन सेट्स पर फिल्मावल एह फिल्म के तकनीकिओ रूप बहुते मजगर बा. सुने में नीक लागे वाला गाना बाड़ी सँ जवना के विनय बिहारी, प्रमोद पाण्डे भा सच्चिदानंद कवच लिखले बाड़े. संगीत हवे राजेश गुप्ता-गुणवंत सेन के, एह गीतन के आवाज मिलल बा मनोज तिवारी, उदित नारायण, इंदू सोनाली, दीपा घोष, सुप्रिया आ पामेला जैन के.

फिल्म के सफलता पर सगरी सिनेमा भोजपुरी वर्ल्ड मनोज तिवारी के बधाई दिहले बा.


(शशिकांत सिंह के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts