आसाराम बापू के आवे का खिलाफ लड़िका सभ बवाल कटलें

बलिया में आसाराम बापू २० फरवरी बुध के आवे वाला बाड़न. उनका आवे का खिलाफ आजु सतीश चन्द्र महाविद्यालय के विद्यार्थी आसाराम बापू के पुतला जरवले आ सड़क पर प्रदर्शन कइलें. छात्रन के विरोध एह पर रहल कि आसाराम बलिया की लड़िकी के साथे भइल बलजोरी का बाद आपत्तिजनक बयान काहे दिहले रहलें. तब आसाराम कहले रहलें कि अगर ऊ लड़िकी अपना से बलजोरी करे वाला लड़िकन में से कवनो के आपन भाई बना लिहले रहती त उनुका साथे बलजोरी ना भइल रहीत आ उनुकर जानो बाच गइल रहीत. एह बयान के तबो बहुते विरोध भइल रहे.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *