इलाहाबाद हाई कोर्ट जाति के रैलियन पर रोक लगवलसि

राजनीति में जाति के खेल रोके खातिर इलाहाबाद हाई कोर्ट एगो याचिका के सुनवाई करत फैसला दिहलसि कि अब से राज्य में कवनो राजनीतिक गोल कवनो जाति के सम्मेलन भा रैली ना बोलाई. याद करीं कुछ दिन पहिलहीं बसपा आ सपा आपन आपन ब्राह्मण रैली कइले रहे लोग. बाकियो राजनीतिक दल एह तरह के पैंतरेबाजी करत रहेले आ कवनो राजनीतिक गोल के एह मामिला में दूध के धोवल ना कहल जा सके. एह हमाम में सबही लंगटे बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..