उत्तर प्रदेश के खबर, सोमार 22 अगस्त का दिने
  • लोकपाल विधेयक का समर्थन में अन्ना हजारे के समर्थक अतवार का दिने भाजपा के गाजियाबाद से सांसद राजनाथ सिंह के आवास पर धरना दिहले.
  • गाजीपुर जिला के भाँवरकोल थाना के शेरपुर गाँव में एगो पम्पसेट के मरम्मत करे इनार में उतरल दू गो आदमी जहरीली गैस का चलते मर गइले.
  • बलिया जिला के सदर, बांसडीह, आ बैरिया तहसील के एक सौ पैंसठ गाँव में बाढ़ के पानी घुसल.
  • अयोध्या रेल पुल के पैदल पार करत एगो औरत कट के मर गइल. दू गो औरत नीचे कूद गइली आ डूबके मर गइली. बाकिर साथ में आवत दू गो लड़िका भाग के आपन जान बचा लिहले.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..