(मंगल 6 सितम्बर)
- सपा नेता मोहन सिंह के कहना बा कि अमर सिंह के बलि के बकरा बनावल गइल बा.
- इलाहाबाद में मंगल का दिने एगो महिला सिपाही के लाश क्षत-विक्षत हालत में रेल पटरी पर मिलल बा. ऊ एक दिन पहिले से गायब रहेल.
- लखनऊ के एगो गणेश पंडाल में भगवान गजानन के पूजा करे वालन के प्रसाद का रूप में पौधा दिहल जा रहल बा. पर्यावरण के खुशहाल बनावे के ई बढ़िया पहल बा.
- बसपा महासचिव सतीश चंद्र मिश्रा वेबसाइट विकिलीक्स के खुलासा के खारिज करत कहले बाड़न कि खबर छापे वाला अखबारन पर मुकदमा करीहें.
- राज्य सभा सदस्य आ समाजवादी पार्टी के महासचिव रहल अमर सिंह के आजु गिरफ्तार कर के 19 सितम्बर तक ले न्यायिक हिरासत में जेल भेज दिहल गइल. उनुका पर वोट का बदले नोट मामिला में शामिल रहे के आरोप बा. एही मामिला में भाजपा के दू गो सांसद रहल लोगो, फगन सिंह कुलस्ते आ महावीर सिंह भगोरा, के जेल भेज दिहल गइल जे संसद में नोट लहरवले रहे. जेल भेजे के फैसला सुन के अमर सिंह भउँचक रह गइले. पहिले कहल गइल रहे कि अमर सिंह खराब तबियत का चलते अदालत में हाजिर ना होइहन. तब अदालत उनुकर मेडिकल रिपोर्ट मँगवलसि. बाद में पता ना का सोचि के अमर सिंह अदालत में हाजिर हो गइल रहले.
- विकिलीक्स के मालिक पागल ह : कहली मायावती
लखनऊ, 6 सितम्बर (आईएएनएस). मुख्यमंत्री मायावती अपना बारे में वेबसाइट विकिलीक्स पर जारी खुलासा में दिहल दस्तावेजन के गलत बतावत आजु मंगल का दिने कहली कि वेबसाइट के मालिक जूलियन असांजे या त पागल ह ना त ऊ विरोधियन का हाथ के खिलौना बनल अइसन बेहूदा खबर जारी करत बा.
लखनऊ में एह मुद्दा पर बोलावल एगो संवाददाता सम्मेलन में मायावती कहली, “हमरा आ हमरा पार्टी के सदस्यन का बारे में विकिलीक्स जवन खबर जारी कइले बा ऊ एकदम निराधार बाड़ी सँ. विकिलीक्स जवना तरह से बेहूदा खबर दे रहला बा ओहसे इहे लागत बा कि एकर मालिक या त पागल ह, या फेर ऊ विरोधियन का शह पर अइसन करत बा.” कहली कि जूलियन असांजे जवने देश के होखे ओहिजा के सरकार के ओकरा के पागलखाना में भेज देबे के चाहीं.
- गौरतलब बा कि वेबसाइट विकिलीक्स मायावती आ उनुका पार्टी का बारे में कुछ दस्तावेज जारी कइले बा, जवना में इहां ले कहाइल बा कि मायावती के पसंद के सैंडिल ले आवे खातिर एकबेर खलीहा हवाई जाहज के मुम्बई भेजल गइल रहे. एगो दोसरा खुलासा में कहल गइल बा कि सतीश मिश्रा मायावती का बारे में कहले कि ऊ भ्रष्ट आ तानाशाही हई आ अंगरेजी ना अवला का चलते सतीश मिश्रा के अपना साथे रखले बाड़ी. अइसहीं इहो बतावल गइल बा कि सतीश मिश्रा अपना बेटा के बसपा के असल उत्तराधिकारी बतवले बाड़े.
- उत्तर प्रदेश का बिजनौर जिला में आजु मंगल के भोरे हरियाणा के श्रद्धालुअन से भरल एगो कार नहर में पलट गइल जवना से चार जने के मौत हो गइल आ पांच जने घवाहिल हो गइले.
- कानपुर जिला में दू गो सिपाही पइसा ना देबे वाला एगो ट्रक के चालक आ खलासी के अतना पीटले कि खलासी के मौत हो गइल आ चालक बहुते घवाहिल हो गइल. दुनु सिपाहियन के निलंबित कर के ओकनी का खिलाफ हत्या के मामिला दर्ज भइल बा.
- सतीश मिश्रा मायावती के भ्रष्ट आ तानाशाह कहले रहले, विकीलिक्स के खुलासा. सतीश मिश्रा एह बाति के झूठ कहले.
- अमरमणि अस्पताल से निकलला का बाद से गायब.
मधुमिता हत्याकांड में आजीवन कारावास के सजा भुगतत आ प्रदेश कें मंत्री रहल अमरमणि त्रिपाठी महतारी के अंतिम संस्कार में शामिल होखे खातिर डेढ़ महीना पहिले गोरखपुर गइल रहले. काल्हु ओहिजा से लवटति में बनारस लवटले आ जेल जाये का बदले बीएचयू में भरती हो गइले. बवाल मचल त अस्पताल उनुका के हड़बड़ी में डिस्चार्ज कर दिहलसि आ ओकरा बाद से उनुकर पता नइखे कि कहाँ गइलें. साथ में रहे वाला चारो गार्ड के निलंबित कर दिहल गइल बा. - उन्तीस सितमंबर से उन्तीस अक्टूबर ले मतदाता सूची पुनरीक्षण के अभियान चलावल जाई.
- लखीमपुर में लेखपालन से झगड़ा में दू गो वकीलन के हत्या का विरोध में काल्हु पूरा राज्य में वकील हड़ताल पर रहले.
- सुल्तानपुर के कूरेभार थाना कइलाका में धनपतगंज रोड पर मूर्ति विसर्जन के जुलूस का चलते दू गो समुदाय अपना में भिड़ गइले जवना से एक दर्जन से बेसी लोग घवाहिल हो गइल. पुलिस कई आदमी के गिरफ्तार कर लिहले बिया.
0 Comments