एह महीना से बंद हो जाई एलआईसी के पुरान पालिसी

जीवन बीमा निगमो अब अपना पालिसियन पर सेवा कर लिहल शुरू कर दी. पहिले बीमा निगम ई खरचा खुद उठावत रहुवे जवना पर निजी बीमा कंपनियन के ओरहन रहे कि एहसे ओह लोग के नुकसान होखत बा. एहसे अबहीं चलावल जात सगरी पालिसी बंद कर के पहिला अक्टूबर से जीवन बीमा निगम नया पालिसी ले आई. जवना पर सेवा कर लागल करी.

हालांकि अबहीं जे लोग पालिसी ले चुकल बा ओह लोग के पालिसियन पर कवनो असर नइखे पड़े वाला. ओह लोग के पालिसी बदस्तुर चलत रही आ ओह पर सेवोकर देबे के जरूरत ना पड़ी. लोग में मतिभ्रम हो गइल बा कि ओह लोग के लिहल पालिसियो बंद कर दिहल जाई. एहसे बीमा निगम एह बाबत सफाई दिहले बा.

0 Comments