ओम झा के नवाजल गइल बेस्ट म्यूजिक डायरेक्टर अवार्ड से
-

बचपने से गीत संगीत में रुचि राखे वाला संगीतकार ओम झा अब सिनेमा भोजपुरी में आपन अलगे पहचान बना चुकल बाड़ें. बिहार के शेखपुरा जिला के चक दिवान मोहल्ला के रहे वाला ओम झा के पढ़ाई लिखाई ओहिजे भइल रहे. एही ओम झा के पिछला दिने लखनऊ में आयोजित रिलायंस बिग मैजिक अवार्ड समारोह में जे पी सिंह के फिल्म “बजरंग” में दिहल संगीत खातिर बेस्ट म्युजिक डायरेक्टर अवार्ड से सम्मानित कइल गइल आ उनुका के अवार्ड दिहल गइल सिनेमा भोजपुरी के जुबिली सुपर स्टार दिनेशलाल यादव आ विजय लाल यादव का हाथे.

एह मौका पर सिनेमा भोजपुरी के अनेके निर्माता निर्देशक वगैरह मौजूद रहलें. ओम झा के कहना बा कि एह अवार्ड के उनुका ढेर दिन से इंतजार रहुवे आ एह अवार्ड के ऊ अपना पिता स्व॰ अरुण कुमार झा के समर्पित कइलन. साथही भोजपुरी प्रेमियन के धन्यवाद दिहलन कि उनुका प्यार दुलार से उनुका ई अवार्ड मिलल.

ओम झा अबले दर्जन भर से अधिका फिलिमन में संगीत दे चुकल बाड़ें. एह फिलिमन में सीता, लाखों में एक हमार भउजी़ झुमकी, घर के चिराग, हम हईं धरमयोद्धा, आ बजरंग के नाम खास बा.


(संजय भूषण पटियाला के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts