‘‘औलाद’’ 5 अगस्त से बिहार का सिनेमाघरन में

भोजपुरी फिलिमन के जुबिली स्टार दिनेशलाल ‘निरहुआ’ के होम प्रोडक्शन फिल्म ‘औलाद’ यु.पी. आ और मुंबई में धमाल मचवला का बाद 5 अगस्त से बिहारो में रिलीज होखे जा रहल बा. एह संपूर्ण पारिवारिक मनोरंजक फिल्म में हर वर्ग के दर्शकन लायक मनोरंजन के फुल डोजो बा. फिल्म के निर्देशन भोजपुरी के चर्चित निर्देश असलम शेख कइले बाड़न. औलाद के कलाकारन में दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’, प्रवेश लाल यादव, पाखी हेगड़े, शुभी शर्मा, मनोज टाईगर, अवधेश मिश्रा, संजय पाण्डेय, अयाज खान, अनिल यादव, रत्नेश, माया यादव, आ किरण यादव के खास भूमिका बा. फिल्म के गाना विनय बिहारी, प्यारे लाल यादव आ श्याम देहाती के लिखल हवे आ कर्णप्रिय संगीत राजेश-रजनीश के दिहल. फिल्म में एक्शन, इमोशन, आ रोमांस के बेजोड़ संगम देखे के मिली.
बकौल निरहुआ हमनी का भोजपुरिया दर्शकन खातिर एगो अनमोल फिल्म बनवले बानी जवना के देख के पूरा परिवार खुश हो जाई.


(स्रोत – प्रशांत निशांत)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..