‘‘कभी आवे ना जुदाई’’ 29 जुलाई से प्रदर्शित

माईल स्टोन इंटरटेनमेन्ट का बैनर तले बनल भोजपुरी फिल्म ‘‘कभी आवे ना जुदाई’’ के म्यूजिक रिलिज पिछला दिने बिहार के कला संस्कृति व युवा, खेल मंत्री श्रीमति सुखदा पाण्डेय के हाथे पटना संग्राहलय के ऑडोटोरियम में सम्पन्न भइल. एह अवसर पर पटना सिने सोसाईटी के अध्यक्ष सेवानिवृत्त आईएएस अधिकारी आर.एन.दास, फिल्म के नायक पंकज केसरी, निर्मात्री प्रिया भट्टाचार्या, निर्देशक विवेक कुमार राव, वितरक संजय सिन्हा समेत कई जने गणमान्य लोग आ मीडियावाले मौजूद रहले.

एह मौका पर अपना संबोधन में सुखदा पाण्डेय पारिवारिक आ मनोरंजक फिल्म बनावे खातिर निर्माता-निर्देशक के बड़ाई करत कहली कि आजु भोजपुरी सिनेमा पूरा दुनिया में अपना सफलता के परचम लहरावत बिया. अइसे में इहो फिलिम कुछ चमत्कार करी अइसन उम्मीद बा. आर एन दास के एह फिल्म के कथाभूमि प्रस्तुत कइलन आ फिल्म के तकनीकी पक्ष के सरहले. कलात्मको पक्ष के खुबसूरत बतवले. इहाँ तक कह दिहले कि भोजपुरी सिनेमा के पचाससाला इतिहास में ई सबले बेहतरीन फिल्म हवे. पंकज केसरी एकरा के अपना केरियर के सबसे बढ़िया फिलम बतवले आ दर्शकन से निहोरा कइले कि एह साफ-सुथरा मनोरंजक फिल्म के सपरिवार देखे आईं सभे. मीडिया से अपना कैरियर के शुरूआत करेवाली एह फिल्म के निर्मात्री प्रिया भट्टाचार्या के कहना रहल कि ऊ आगहू अइसने फिलिम बनावल चहीहे.

एफ॰टी॰आई॰आई॰ से पास भइल निर्देशक विवेक कुमार राव भोजपुरी के आपन मातृभाषा बतावत एकर आदर करे के आग्रह कइलन. मूलतः पश्चिमी चंपारण में जनमल आ एहीजे का माट में पलाइल पोसाइल विवेक कुमार राव के पढ़ाईओ लिखाई एहीजे भइल.

ई फिलिम 29 जुलाई के पूरा बिहार में प्रदर्शित भइल बिया.


(स्रोत – प्रिया भट्टाचार्या)

0 Comments