कुकुर का चलते एक घंटा ले ट्रेन रुकल रहल
-

बियफे का रात छपरा जंक्शन पर चंडीगढ़ से डिब्रुगढ़ जाए वाली ट्रेन करीब एक घंटा ले रुकल रहि गइल काहे कि बुक कइल एगो कुकुर गार्ड का चार्ज देत बेरा भाग निकलल रहे. एह बारे मे जानकारी मिलते ओह कुकुर के मालिक, जे आर्मी के अधिकारी रहले, बवाल करे लगले. सगरी महकमा परेशान हो गइल ओह कुकुर के धरे खातिर बाकिर चहेटे वाला लोग के हाथे आवे के उ कुकुर तइयारे ना रहल. बाद मे कुकुर मालिक खुद ओकरा के अवाज लगवले त उ लवट आइल. तब ओकरा के फेरू गार्ड डिब्बा के दाॅग बाक्स मे बंद क के ट्रेन रवाना भइल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts