कैमरा में कुछ अइसे कैद भइल 'दबंग दामाद'

भोपाल. दिल में रहऽ, चाहे नयना में.. . केरवा के खूबसूरत वादी में गूंजती गाना के आवाज पर्यटकन के ध्यान अपना ओरि खींच लेत रहे. केरवा डेम पर बनल “पिकनिक एट केरवा” पर ओह दिने भोजपुरी फिल्म “दबंग दामाद” के शूटिंग चलत रहे.

एह गीत पर भोजपुरी स्टार विनय आनंद आ एक्ट्रेस कल्पना शाह के डांस चलत रहे. डायरेक्टर विनोद तिवारी का निर्देशन में कलाकार अपना सीन के ओके करत रहले. शूटिंग के सिलसिला साँझू ले चलल.

प्रेम आ थ्रिलर आधारित भोजपुरी फिल्म दबंग दामाद के शूटिंग भोपाल में अलग-अलग लोकेशन्स पर लगभग 20 दिन ले चली.

‘शूटिंग के बाद कुछ दिन भोपाले में बितावे के मन बा’, कहले विनय आनंद

अभिनेता गोविंदा के भगीना होखला के ना त कबो प्रेशर रहल ना कवनो तरह के चैलेंज. गोविदे जी का घर में बड़ भइनी. बचपने से फिल्म अउर अभिनय के चारों ओर देखनी. फेर रोशन तनेजा एक्टिंग स्कूल से अभिनय के ट्रेनिंग लिहला का बाद सिनेमा के रुख कइनी. लो मैं आ गया, आमदनी अठन्नी खर्चा रूपया जइसन करीब दस गो हिन्दी फिल्मन में काम कइला का बाद भोजपुरी फिल्म का ओर आ गइनी.

भोजपुरी दिहलसि नया पहचान

हम एगो दोस्त रंजन सिंह का कहला पर भोजपुरी फिल्म कइनी. आ ओकरा बाद त जइसे ई सिलसिले शुरू हो गइल. पिछला 5 साल में 70 से अधिका फिलिम कर लिहले बानी. भोजपुरिया जनता अउर दर्शकन के भरपूर प्यार मिलल बा. खुश बानी कि हमार काम दर्शकन के पसंद आ रहल बा.

हम कुछऊ प्लान ना करीं

हमरा लागेला कि कलाकार खातिर भाषा आ इलाका के कवनो मायने ना होला. ओकरा दायरा बड़हन होला. हमहू बस नीमन काम कइल चाहत बानी. दोसरे हम कुछऊ प्लान ना करी. भोपाल का बारे में बहुते सुनले रहीं. एहिजा आ के अइसन लागल कि स्विटजरलैंड आ गइल होखीं. भारतो में एतना खूबसूरत शहर बावे कबो सोचलो ना रहीं. अब त मन इहे करत बा कि शूटिंग का बाद कुछ दिन एहिजे रुक जाईं.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।