कंप्यूटर जी आप्शन ए के लॉक कर दिहल जाव ! शायद अइसने कवनो संवाद अब महुआ टी वी पर शुरु होखे जा रहल लोकप्रिय गेम शो “कौन बनेगा करोड़पति” के भोजपुरी संस्करण में शॉटगन सिन्हा बोलल करीहें. जल्दिये ई शो महुआ टी वी पर शुरु होखे जा रहल बा आ एकर निर्माता रहीहें सिद्धार्थ बसु जे हिन्दी वाला शो के निर्माण कइले रहुवन. बसु के कंपनी बिग सिनर्जी एह शो का माध्यम से ओह गलतफहमी के मेटा दिहले रहले कि हिन्दुस्तान में टीवी पर उहे शो चल सकेला जवन महिला प्रधान होखे. भोजपुरी पट्टी से बहुते लोग तब एह शो में हिस्सा लिहले रहुवे आ इहे सब देख के महुआ भोजपुरी में एह शो के निर्माण के फैसला लिहले बा. भोजपुरी शो के एकर शत्रुघ्न सिन्हा रहीहें.
“के बनी करोड़पति” के प्रसारण सोमार से शुक ले रोज रात नौ बजे से कइल जाई. शो में शामिल होखे खातिर महुआ टीवी पर नौ गो सवाल पूछल जाई जेकर सही जबाब देबे वालन में से प्रतिभागी चुनल जइहें. सवाल पूछे के काम १० अप्रेल से १८ अप्रेल का बीच होखी. महुआ टीवी देखत रही आ जबाब देत रहीं.
(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)
MAHUAA TV CHANNEL KE SAB KOI KE HAMAR PRANAM,
BHOJPURI BOLE WALA LOG, BHOJPURI SAMAJ BHARAT KE HAR AREA ME BA,auri BIDESHO ME BA, TA HUM CHAHAT RAHI KI SAB AREA ME BASAL BHOJPURI LOGAN KE BHI KE BANI CRORPATI KHATIR SELECTION HOKO.
JAI BHOJPURI
DHIRAJ KUMAR,
CREDIT MANAGER,
STATE BANK OF INDIA,
SARA BRANCH,
DIST SURENDRANAGAR
7600056060
dhirajlove44@gmail.com
dhiraj_kumar@sbi.co.in
धीरज जी,
महुआ टीवी से कवनो अनुरोध करे खातिर सीधे ओकरा कार्यालय से बात करीं भा ओकरा वेबसाइट पर मैसेज दीं. अँजोरिया के महुआ टीवी का साथ कवनो तरह के औपचारिक संबंध नइखे.
संपादक
ke bani kadorpati
के जानत बा ?