खबर भोजपुरी में (शनिचर, 6 दिसंबर 2014)

(शुक, 5 दिसंबर के खबर)

 सशस्त्र सेना झंडा दिवस के मौका पर केन्द्रीय सैनिक बोर्ड के अधिकारी 4 दिसंबर, 2014 का दिने  नई दिल्ली में प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के कोट पर झंडा लगवले.


सशस्त्र सेना झंडा दिवस के मौका पर केन्द्रीय सैनिक बोर्ड के अधिकारी 4 दिसंबर, 2014 का दिने नई दिल्ली में प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के कोट पर झंडा लगवले.

  • जम्‍मू कश्‍मीर चुनाव में जनता के बड़हन भागीदारी देखला का बाद लोग के हदसावे खातिर शुक का दिने आतंकवादी कई जगहा ताबड़तोड़ हमला कइलें जवना में 11 गो सुरक्षाकर्मी आ 8 आतंकवादियन समेत 21 लोग मरा गइल. उत्‍तरी कश्‍मीर के बारामूला जिला के मोहरा में सेना शिविर पर भोरे तीन बजके दस मिनट पर छह गो आतंकवादी हमला क के एगो लेफिटनेंट कर्नल, सेना के आठ गो जवान आ जम्‍मू कश्‍मीर पुलिस के सहायक उपनिरीक्षक, आ तीन गो पुलिसकर्मियन के मार दिहले. हालांकि सगरी आतंकवादियन के मार दिहल गइल आ ओकनी का लगे से बहुते हथियार आ गोलाबारूद मिलल. श्रीनगर शहर के बाहरी इलका में लश्‍करे तैयबा के एगो बड़का आतंकवादी समेत दू गो आतंकवादी मार दिहल गइले. एगो के पहचान पाकिस्तानी नागरिक का रूप में भइल. पुलवामा जिला के त्राल कस्‍बा का बस स्‍टैंड पर भइल आतंकवादी हमला में दू गो नागरिक मारल गइले आ तेइस जने घवाहिल हो गइले.
  • केन्‍द्रीय मंत्री साध्‍वी निरंजन ज्‍योति के बदजुबानी का मामिला पर विपक्ष के अड़ियल रुख शुको का दिने कायम रहल आ राज्यसभा के काम बार बार रोके पड़ल. लोकसभा में विपक्ष वाकआउट कइलसि. इहे विपक्ष ममता बनर्जी के बेहूदा बयान पर चुप्पी सधले बा. निरंजन के बयान पर प्रदर्शन करत राहुल गाँधी से जब एह बारे में पूछल गइल त ऊ आपन मुँह पर के पट्टी अउरी उपर क लिहले. भाजपा का तरफ से कहल जात बा कि एगो दलित नेता का खिलाफ विपक्ष घेराबन्दी कइले बा त मायावती साध्वी के दलित मानही से मना क दिहली.
  • महाराष्‍ट्र में मंत्रीमण्डल विस्तार करत शिवसेना के दस गो विधायक आ भारतीय जनता पार्टी के दस गो विधायक के मंत्री के रूप में शपथ धरावल गइल. दुनू दल से पाँच पाँच गो कैबिनेट मत्री बनावल गइले. अब महाराष्ट्र में तीस गो मंत्री हो गइल बाड़े जवना में 18 गो कैबिनेट मंत्री आ 12 गो राज्‍यमंत्री बाड़े.
  • पंजाब में एगो कैम्प में मोतियाबिन्द के आपरेशन का बाद सोलह लोग के आँख के रोशनी चल गइल. एह कैम्प के डाक्टर के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. कैम्प के आयोजन करे वाला गैर सरकारी संगठन का खिलाफ मामिला दर्ज कर लिहल गइल बा.
  • सार्वजनिक क्षेत्र के प्रमुख इस्‍पात कंपनी भारतीय इस्‍पात प्राधिकरण (सेल) के पांच प्रतिशत शेयर बेचे के आजु शुरुआत भइला का बाद ओकरा शेयर के दाम गिर गइल. सरकार 83 रूपिया पर शेयर बेचत बिया आ शेयर 82.80 पर बन्द भइल. सरकार एह बिकवाली से 1 हजार सात सौ करोड रूपियो से अधिका बटोरे के आशा करत बिया. शुक का दिने सेंसेक्स 105 अंक गिर के 28458 पर बंद भइल.
  • मालदीव के राजधानी माले में अचानक आइल पेयजल संकट से निपटे खातिर शुक का दिने भारत हवाई जहाज से पैंटीस टन पीए वाला पानी भेजलसि. जहाज पर दू गो रिवर्स आसमोसिस (आरओ) संयंत्रो लागल बा जवन रोजाना 20 टन ताजा पानी दे सकेला. बियफे का दिने माले के वाटर आ सीवरेज कंपनी के जनरेटर कंट्रोल पैनल में आग लगला से पानी के सप्लाई बन्द हो गइल बा.
  • अयोध्या में राममन्दिर-बाबरी मस्जिद विवाद मे ढाँचा ढहाए के तारीख 6 दिसंबर के पहिले मामला फेरू गरमा गइल बा. मामला के मुख्य मुद्दई हाशिम अंसारी अदालती सुनवाई के मधिम रफ्तार से खिझिया के अपना के अलग कर लिहले बाड़न. एह पर सुन्नी वक्फ बोर्ड के कहना बा कि मामला के फैसला सु्प्रीमे कोर्ट से होखी केहू जेकरा से चाहे भेंट करत रहे. श्रीराम जन्मभूमि न्यास के अध्यक्ष आ मणिराम दास छावनी के महंत नृत्यगोपाल दास कहले बाड़न कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के कार्यकाले में श्रीराम जन्मभूमि स्थल पर भव्य श्रीराम मंदिर के निर्माण हो जाई.
  • आ‭ईसीआईसीआई आ एचडीएफसी बैंक का बाद अब स्टेटो बैंक सावधि जमा पर दिहल जाए वाला ब्याज घटा दिहलसि. बैंकन के कहना बा कि कर्जा लेबे के रफ्तार धीमा बा आ जमा अधिका होखला का चलते ब्याज दर घटावे के जरूरत पड़ल बा.
  • बक्सर के इटाढ़ी इलाका में जमीन का झगड़ा का चलते एक आदमी के गोली मार के हत्या क दिहल गइल बा.
  • रोहतास के नारायन मेडिकल काॅलेज में स्किन आ यौन रोग के डाक्टरन के 28वाँ सालाना समारोह 6 आ 7 दिसंबर के मनावल जाई.

0 Comments