खेल मंत्री माफी मँगले
-

एशियाई खेलन में सोना के तगमा जीते वाली धाविका सुधा सिंह के पिछल दिने एगो समारोह में शामिल यूपी के खेलमंत्री चिन्हबो ना कइलन आ आयोजक मंत्री जी का चमचई में अइसन लागल रहलन कि आमंत्रित मेहमान सुधा सिंह के अनदेखी कर दिहलन. अपना अपमान से आहत सुधा बाहर निकल अइली आ एलान कर दिहली कि अब यूपी का तरफ से ना खेलिहन. एह एलान का बाद खेल मंत्रालय नींद से जागल आ सुधा सिंह के मनावे में लाग गइल. खेल मंत्री अयोध्या प्रसाद पॉल अनजाने में भइल अपना गलती खातिर माफी माँग लिहलन. कहलन कि उनुका पते ना रहे कि सुधा सिंह आइल बाड़ी जे स्वर्ण पदक विजेता खिलाड़ी हई. एह मान मनौवल का बाद सुधा सिंह मान गइल बाड़ी यूपी का तरफ से खेलत रहे के.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts