गायकी से नायकी के सफर पर निकलले खेसारीलाल

भोजपुरी सिनेमा में गायक लोग नायक बन के सफलता के चोटी पर चहुँपत रहल आइल बा चाहे ऊ मनोज तिवारी होखसु, दिनेशलाल यादव निरहुआ भा पवन सिंह. आजु ई तीनो सुपरस्टार बन गइल बाड़े. एह सफलता का बाद भोजपुरी गायकन के अगिला पड़ाव बन गइल बा सिनेमा के परदा पर अभिनय करे के. अब फेर एगो गायक के नाम एह कड़ी में जुड़ गइल बा खेसारी लाल यादव के.

भोजपुरी के मशहूर निर्माता आलोक कुमार के फिल्म “साजन चलें ससुराल” में खेसारी लाल यादव नायक बन के आ रहल बाड़े. खेसारी लाल आजु का दिन में बहुते लोकप्रिय गायक बाड़े आ उनुकर करीब दू दर्जन सुपरहिट अलबम जारी हो चुकल बा. “साजन चलें ससुराल” में खेसारीलाल यादव के नायिका बनल बाड़ी स्मृति सिन्हा आ निर्देशक हउवें प्रेमांशु सिंह. खेसारी लाल के भूमिका एगो सोझऊ गँवई नौजवान के बा. फिल्म के गीत अशोक कुमार दीप आ कृष्णा बेदर्दी के बा. संगीत अशोक कुमार दीपे के बा. फिल्म के शूटिंग मुंबई में जोर शोर से चल रहल बा.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

2 Comments

  1. sushil

    aap bhi mehnat karo ek din aap bhi superstar ban jaoge.

  2. shashi bhushan

    Mai Sajan Chale Sasural Film Dekha. Hame Bahut hi Achha Laga.
    Ham Bhi film me kam karna chahta hu. Hame Kya Karna Hoga ?
    – Shashi Bhushan, Surat Chapra, Asahani, Rasulpur, CHAPRA (BIHAR)
    Mob No- +91 9958171924,+91 9631902214