गायक अभिनेता सुमित बाबा अपना बारी का इन्तजार में

Sumit Baba
गायक अभिनेता वाला दौर का बावजूद लोकप्रिय आ बहुमुखी प्रतिभा के धनी सुमीत बाबा के अभले अभिनेता बने के मौका नइखे मिल पावल. एह बारे में संतोषी भाव अपनावत सुमीत बाबा कहलें कि ऊ आपन काम करत जात बाड़े. फल कब कहाँ मिली एकरा बारे में कुछ नइखन जानत. हँ अतना दावा जरुर कइलें कि जब मौका मिली तब देखा दीहें कि उनका में कतना प्रतिभा बा. बातचीत का दौरान विवादित विषयन से कगरियात सुमीत बाबा अइसन कुछ कहे के तइयार ना रहलन जवना से केहू के दिल दुखाव.


(स्रोत : संजय भूषण पटियाला)

0 Comments