गुलामी के शूटिंग


हालही में ओम सीरीज मूवी के भोजपुरी फिल्म “गुलामी” के दू दिन के शूटिंग मुंबई का नवगाँव में करावल गइल. एह एक्शन प्रधान फिल्म में आठ गो गाना बा. एह फिल्म से साजिद खान के बतौर अभिनेता भोजपुरी सिनेमा में उतारल जा रहल बा आ उनुकर नायिका बाड़ी प्रिया कपूर. मिथिलेश अविनाश के लिखल कहानी आ उनुके निर्देशन में बनत एह फिल्म में नक्सलवाद आ गरीब मजलूमन पर धनिकन के अत्याचारन के सजीव चित्रण बा. फिल्म के गीत सच्चिदानन्द कवच आ मुन्ना दुबे के लिखल बा, संगीत गुणवन्त सेन के बा, छायांकन नन्दु चौधरी के, नृत्य निर्देशन प्रवीण कुमार के आ फाइट रियाज सुलतान के बा. फिल्म के मुख्य कलाकारन में विराज भट्ट, साजिद खान, प्रिया कपूर, राजू खान, निरुपमा श्री, अखिलेश राय, समीर शैख, कुलदीप, मेहनाज, हरि शरण आ राम सिंह वगैरह के नाम शामिल बा. फिल्म के एह साल दिसम्बर में रिलीज करे के योजना बा.


(स्रोत – संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।