गोरखपुर में बस का चपेटा से नवही के मौत

(प्रतीक फोटो)


गोरखपुर 13 अप्रैल (वार्ता). गोरखपुर के गुलहरिया इलाका में शुक का साँझे एगो स्कूल बस का चपेट में अइला से एगो नवही के मौत हो गइल.
पुलिस सूत्र बतवले कि गुलहरिया इलाका के टिकरिया गांव के 20 बरीस के सोनू यादव सड़क किनारे खेत में घर बनाके रहत रहुवे. घर का सोझा गोरखपुर से महराजगंज जात एगो स्कूल बस ओकरा के कचारत निकल गइल आ ओकर मौत ओहिजे हो गइल.
हादसा के बाद पुलिस बस चालक के गिरफ्तार क के बस के कब्जा में ले लिहले बिया. आ लाश पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहल गइल बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..