“गोरिया के गोरे-गोरे गाल” के प्रीव्यू शो

आर. एन. इंटरप्राइजेज के बैनर तले बनल भोजपुरी फिल्म ‘गोरिया के गोरे गोरे गाल’ के प्रीव्यू शो हालही में मुंबई के फन रिपब्लिक के प्रीव्यू थियेटर में भइल. रोमांस अउर कॉमेडी से भरल एह फिल्म के लोग खूब पसंद कइल. एकर सबले मजबूत पक्ष एकर संगीत बावे. नायक उत्तम तिवारी फिल्म में बहुते बढ़िया काम कइले बाड़न. भोजपुरी फिलिमन के जानल मानल हास्य कलाकार मनोज टाइगर फिल्म देखला का कहले कि मनोज तिवारी के बाद उत्तम तिवारी भोजपुरी सिनेमा के अगिला सुपर स्टार बनीहे. एहसे पहिले उत्तम कुमार ‘गोरकी परतकी रे’ में आपन अभिनय प्रतिभा देखा चुकल बाड़े.

प्रीव्यू शो का अवसर पर फिल्म के नायक उत्तम तिवारी के जन्म दिनो धूमधाम से मनावल गइल. एह मोका पर सुपर स्टार मनोज तिवारी, मनोज टाइगर, एस.के. चटर्जी, सुरेश गुप्ता, अमर देवगड़े, कुलवंत सिंह, मनोज द्विवेदी, गोपाल मेहता, सुरेन्द्र सलूजा, शिवा चौधरी, संजय भूषण, दिनेश यादव आ प्रचारक समरजीत अउर उदय भगत वगैरह लोग मौजूद रहे.

फिल्म प्रदर्शन खातिर तइयार बा. एकर निर्माता रवि शंकर तिवारी, लेखक-निर्देशक एस.एस. ललित, संगीतकार राजेश ललित आ विनोद गवार, गीतकार विपिन बिहारी, रास बिहारी पाण्डे अउर एस.एस. ललित हउवे. संवाद ललित शुक्ला, आ पटकथा एस.एस. ललित अउर रास बिहारी पाण्डे लिखले बाड़न. कैमरामैन अरुण मिश्र, नृत्य निर्देशक ज्ञान सिंह, एक्शन मास्टर रियाज सुल्तान, आर्ट डायरेक्टर सुनील झा, सह-निर्माता सुमन कुमार मेहता आ कार्यकारी निर्देशक सावन वर्मा हउवें.

एह फिल्म में उत्तम कुमार का अलावे लवी रोहतगी, रवि शंकर तिवारी, रितु पाण्डे, लिलीपुट, मोनिका वर्मा, राज मेहता, रमेश गोयल, नीरज राज पोडे़ल, डी.पी. पाण्डे, सलीम अंसारी, नीरज बादशाह वगैरह कलाकार शामिल बाड़े.


(स्रोत – समरजीत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *